सतनाम सिंह
पाकुड़। जिले में मंगलवार के दिन राष्ट्रीय कृमि मुक्ति दिवस कार्यक्रम के तहत अभियान के शुभारंभ डीएवी पब्लिक स्कूल, गोकुलपुर से कइल गइल। सिविल सर्जन डॉ. सुरेन्द्र कुमार मिश्रा खुद विद्यालय पहुँचके बच्चा लोग के कृमिनाशक दवा खियवनी। ए अवसर पर जिला आरसीएच पदाधिकारी डॉ. एस.के. झा, जिला यक्ष्मा पदाधिकारी डॉ. कौशल कुमार सिंह, डब्लूएचओ के पदाधिकारी समेत स्वास्थ्य विभाग के कई पदाधिकारी मौजूद रहलें। कार्यक्रम में छात्र-छात्रा लोग के बीच स्वास्थ्य संबंधी जागरूकता संदेशो प्रसारित कइल गइल। जानकारी के मुताबिक 16 सितंबर के सब विद्यालय आ आंगनबाड़ी केंद्र पर बच्चा लोग के दवा खियावल गइल। जे बच्चा छुट गइल बा, ओकरा खातिर 19 सितंबर के “मॉप-अप राउंड” चलावल जाई। कृमि संक्रमण से बच्चा लोग में कुपोषण, खून के कमी, मानसिक आ शारीरिक विकास में बाधा आवेला। एहसे हर साल दू गोरा दवा खिलावल जरूरी बा। उपायुक्त मनीष कुमार जिला के सभे विद्यालय आ आंगनबाड़ी केंद्र में हर योग्य बच्चा तक दवा पहुँचे के निर्देश दिहलन। सिविल सर्जन डॉ. मिश्रा कहलन कि – “हमनी के लक्ष्य बा कि जिला के एको बच्चा कृमि संक्रमण से पीड़ित न रहे। कृमिनाशक दवा सुरक्षित बा, आ अभिभावक लोग अपन 1 से 19 बरिस तक के बच्चा के जरूर दवा खिलाईं।” जिला आरसीएच पदाधिकारी डॉ. एस.के. झा कहलन कि कृमि संक्रमण से बचाव खातिर सामूहिक प्रयास जरूरी बा। स्कूल आ आंगनबाड़ी में छूटल बच्चा खातिर स्वास्थ्य विभाग मोबाइल टीम बनाके घर-घर पहुँच के दवा खियाई।
